Durgesh Contact

Welcome msg

Plz Join this site for daily Updates ...Thanks for Visiting >.....Durgesh Dewangan (Future of The World)

गुरुवार, 6 सितंबर 2012

कंप्यूटर के सामान्ये परेशानी और उपाए ............



आजकल दुनिया के जयादातर कम्प्यूटर्स में ऑपरेटिंग सिस्टम के रूप में विण्डोज़ के प्रयोग हो रहल बावे, लेकिन बहुत यूज़र फ्रेन्डली होखे के साथ ही इ एगो नाजुक सॉफ्टवेयर हवे, और अच्छा परिस्थिति न होखे पर बहुत जल्द क्रैश हो जाला/ यदि रौवा लोग भी आपन कम्प्यूटर में विण्डोज़ के बार-बार क्रैश होखे से परेशान बनी लोग तो नीचे दिहल गइल टिप्स के एक बार आजमा के जरुर देखि लोग.................
1. यदि कौनो प्रोग्राम या फॉन्ट आदि ठीक से काम नइखे करत ता रीबूट करी,जयादातर एरर अस्थायी होला और कई प्रकार के प्रोग्राम्स के एक साथ रन होखे से आ जाला/ रीबूट कैला पर प्रोग्राम्स के दोबारा लोड होखे से इ ठीक हो जाला/
2.यदि राउर समस्या कोनो विशेष सॉफ्टवेयर के इंस्टॉल कैला के बाद शुरू भइल बा त ओकरा के अनइंस्टॉल करके देखी/ 3.विण्डोज़ के सब सिस्टम फाइल्स मौजूद बा की न - जाने खातिर सिस्टम फाइल चेकर के प्रयोग करे के चाही/ इ ओह सब फाइल्स के पुनः अपने स्थान पर पहुँचा देला जौन मौजूद नइखे या करप्ट हो गइल बावे
4.अगर रौवा अपना माउस बदल ले बानी, नया साउण्ड कार्ड या कौनो और हार्डवेयर इंस्टॉल कैले बानी ता ओकरा के हत्ता के देखी/विक्रेता से मालूम करी कि क्या नया हार्डवेयर आपके पुराने हार्डवेयर के साथ कंपेटिबल है?
5.खराब मैमोरी भी विण्डोज़ के क्रैश होखे के प्रमुख कारण होला / यदि रौवा-पेज फॉल्ट, इल्लीगल ऑपरेशन या फेटल एक्सेप्शन आदि संदेश मिलत होखे त आपन रैम चैक कराएँ/ नई मैमोरी मॉड्यूल लगावे के बाद एसन संदेश मिलला के अर्थ होसकेला कि राउर रैम मॉड्यूल खराब हो या कंपेटिबल न होखो/
6.कम्प्यूटर के चलते-चलते रुक गैला या ठीक तरह से काम ना कैला पर स्कैन डिस्क, फिर डिस्क क्लीन-अप व फिर डीफ्रैग अवश्य करी लोग/
7.अपन हार्ड डिस्क के काफी हिस्सा खाली रखें के चाही याद रखी, विण्डोज़ के चलाते समय स्वैप फाइल्स या टैम्परेरी फाइल्स बनावे खातिर काफी स्थान के आवश्यकता होला यदि राउर हार्ड डिस्क में जगह कम बा त कई प्रकार के फॉल्ट पैदा हो सकेला, सिस्टम हैंग हो सकेला या फिर विण्डोज़ क्रैश हो जाई/
8.अपन हार्ड डिस्क के नियमित रूप से वायरस खातिर स्कैन करें/ फाइल्स के संक्रमित होखे पर एगो वायरस रहित फ्लॉपी या विण्डोज़ की सीडी से बूट करें और पुनः विण्डोज़ इंस्टॉल करी/
9. डिवाइस फेल होने संबंधी एरर आइला पर 'स्टार्टिंग विण्डोज़...' आइला पर एफ8 दबाकर विण्डोज़ के सेफ मोड में स्टार्ट करी स्टार्ट। सेटिंग्स। कंट्रोल पैनल। सिस्टम में डिवाइस मैनेजर के सिलेक्ट कर के ओहमे देखी कि कौनो डुप्लीकेट डिवाइस ता नयिखे यदि होखो त डिवाइस के हटाकर रीबूट करीई/

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

thnks for feedback